Total Pageviews

Tuesday, September 8, 2020

भोजपुरी विशेष: भोजपुरी क ‘बजार’ अउर ‘बजार’ क भोजपुरी...


भोजपुरी विशेष: भोजपुरी क ‘बजार’ अउर ‘बजार’ क भोजपुरी 

उदारीकरण से का गांव से अउरी पलायन बढ़ल हा? टेलीविजन के अइला के बाद केतना परिवर्तन भइल हा अउरी हर ओर आपन बोली भाषा पढ़ावे पर जोर के बाद भी भोजपुरी के का स्थिति बा येही पर विचर करत बानी रमाशंकर जी-

तना त आप सब जानीला जा की भाषा/बोली समाज से बनेले, समाज से बिगड़े ले. आज मशीन से भरल दुनिया में लोग यही बात पर चरचा करत बा की भोजपुरी क स्थिति कुछ डावाडोल लागत बा? अब गावे आउर लिखे वाला लोग त बढ़ गयल बाड़न जा, लेकिन भोजपुरी क स्तर बहुत ख़राब होत जात बा. फिलिम से लय आउर धुन चुरा के लोगबाग अपने के बड़हर गायक समझत बाड़ें. लेकिन ओकरा में कुछऊ सीखे-जाने लायक नईखे देखात.

टेलीविजन की जमाना से तनी पाहिले क बात देखब त आप के समझे में देर ना लागी कि जबले यह बोली के बोले/सुने/गावे/लिखे वाला लोग समाज खातिर जियत रहे तबले बिरहा अउर ओमई प्रयोग छत्तीसगो धुन बहुत सुन्दर रहे. बिरहा में लिखल कहानी देखब त आप समझ जाईब कि एगो बिरहा में लेखक केतना जतन से कईगो धुन अउरी समस्या के खूब बढ़िया से सजवत रहलन जा. फिर गायक जब ओकरा के गावें तब जनता अनाज बेच के इनाम देवे चल आवे.

उदारीकरण से पाहिले क हाल देखब त लगन (शादी/बियाह) के समय बिरहा, नाच, नौटंकी क मांग एतना अधिक रहे कि जे चार-छह महीना पाहिले से सट्टा ना लिखवावे ओकरा के गवईया ना मिलें. तब दूनो चीज संगे चले. मतलब कि कला खूब उफान पर रहे अउर ओकर कदरदानो कम ना रहले. भोजपुरी बोली में जेवन कला रहे, ओकरी कारन ओकर आपन बजार रहे. तब केहू इ ना कहे वाले रहे कि इ गाना हम लिखले बाड़ी अउरी हमही गयिब आउर हमही बजार में बेचबो करब. लेकिन अब समय बदल गईल बा. आज भोजपुरी क आपन बजार ख़तम हो गईल. ओकरा बजार में शालीनता रहे, ईमानदारी रहे. लोग नाम खातिन काम करत रहलन. पईसा कमयिले की पीछे बहुत कम लोग जाय. जे ओकरी बारे में सोचे लागे, जनता ओकर नाम लेहल बंद करवा दे. लेकिन अब पयिसवे सब बा.  भोजपुरी सेवक खाली किताबआउर मंच पर लोग बनत बा. पीछे सब कमाए में व्यस्त बा.

  पूरा पढ़ने के लिए इस लिंक पर जाएं

https://hindi.news18.com/news/bhojpuri-news/articles-on-migration-from-villages-after-liberalization-in-bhojpuri-society-change-after-television-nodakm-3228947.html

No comments:

Post a Comment